Lyrics सोहर:- भितरी बजावल जाता थरिया।। PUJYA RAJAN JEE. बधाई गीत

LYRICS 

❇️ भितरी बजावल जाता थरिया ।। ❇️



भीतरी बजावल जाता थरिया
गवाता सोहरिया नू हो
ऐ ललना बाजत आटे बाजा बाहरिआ
तो मिलते खबरिआ नू हो

बसहि  जुगाता  दुअरिया
की लागे न नज़रिआ नू हो
ऐ ललना गांव में के सगरी मेहरिआ
जुटत आ दोपहरिया नू हो

लडू से भरल दउरिआ
बताता साया सड़िया नू हो
ऐ ललना चउरा से भरल कोठरिया
फुलत ओहि घरिआ नू हो

ऐ ललना बाजत आटे बाजा बाहरिआ
तो मिलते खबरिआ नू हो

नन्दो पावेली फुलहि थरिया
ता लिप के साउउरिआ नू हो
ऐ ललना पावेला अनारी मोहरिया
त सोने के सिकरिया नू  हो

ऐ ललना बाजत आटे बाजा बाहरिआ
तो मिलते खबरिआ नू हो

One thought on “Lyrics सोहर:- भितरी बजावल जाता थरिया।। PUJYA RAJAN JEE. बधाई गीत

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *